बतिया कही हम सुना हमार बाबू-माई....भोजपुरी शिक्षा जागरूकता गीत
मालिघाट, मुजफ्फरपुर, बिहार से सुनील कुमार एक भोजपुरी गीत प्रस्तुत कर रहे हैं:
बतिया कही हम सुना हमार बाबू-माई-
गउआं में आपन स्कूल खोलवाई-
दूर ना हमसे जा ला समइया अनमोल गवा ला-
हो गउआं-जवरवा में खोलवाई दी स्कूल खेले वाला-
खेलब-कूदब-पढ़ब-लिखब जग उजियार हम करब-
घर के काम में हाथ बटाइब दुनियादारी के सीखब-
आपन भाषा में आपन बोली में लिखब सबके कहानी-
हो गउआं-जवरवा में खोलवाई दी स्कूल खेले वाला...
Posted on: Feb 12, 2016. Tags: SONG SUNIL KUMAR VICTIMS REGISTER
चले चदरिया ओढ़ बसंती हम बलिदानी वीर की....देशभक्ति गीत
मुजफ्फरपुर, बिहार से सुनील कुमार एक देशभक्ति गीत गा रहे हैं:
हमने पाई थाह आज माँ तेरे मन के पीर की-
चले चदरिया ओढ़ बसंती हम बलिदानी वीर की-
यही बसंती चादर ओढ़ी नानक ने रैदास ने-
उंच नीच का भेद मिटाया था श्रद्धा-विश्वास ने-
सिया राम में सारे जग को जाना तुलसीदास ने-
मुझको कहाँ ढूंढत बन्दे मैं तो तेरे पास में-
गूँज उठी थी इसी वेश वाणी संत कबीर की-
चले चदरिया ओढ़ बसंती हम बलिदानी वीर की-
पहना था यह वेश बसंती जब रणवीर प्रताप ने-
छुड़ा दिए छक्के दुश्मन के खींचे तक की टॉप ने-
इसी वेश में निकले बिस्मिल-भगत सिंह-आजाद थे-
किए न्योछावर प्राण न लेकिन मुख पर दुःख-अवसाद थे-
कड़ी बनेंगे हम भी बलिदानों की उस जंजीर की-
चले चदरिया ओढ़ बसंती हम बलिदानी वीर की.....
Posted on: Feb 10, 2016. Tags: SONG SUNIL KUMAR VICTIMS REGISTER
गउआं-जवरवा के तू छोट भइया...भोजपुरी बटोहिया गीत
मुजफ्फरपुर, बिहार से सुनील कुमार भोजपुरी में एक बटोहिया गीत सुना रहे हैं, गीत में भाई परदेश जा रहा है और बहन उससे कुछ अपील कर रही है :
गउआं-जवरवा के तू छोट भइया-
तोहरो प नाज घर-परिवार हो-
जाई छा विदेशवा कमाए तू भइया-
छोड़िहा ना अंगना-दुआर हो-
कातिक में छठी मइया आवेला दुअरवा-
दे ला गांव के आशीष हो-
सामा-चकवा भाई-बहिन के परबवा-
भूल ना जइहा राखी के त्यौहार-
सुनि ला कि देशवा में आइल बा तकनीकवा-
मिस कॉल से सुनि ला सारा दुनिया-
फुर्सत मिले पर भेजिहा संदेसवा-
रोजगार के साथे-साथे सीखिहा नया तकनीकवा....
Posted on: Feb 09, 2016. Tags: SONG SUNIL KUMAR VICTIMS REGISTER
दुनों के सेवा अइसन कौनों काम नइखे...भोजपुरी गीत
मालीघाट, मुजफ्फरपुर, बिहार से सुनील कुमार माता-पिता के महत्व के विषय में एक गीत प्रस्तुत कर रहे हैं:
दुनों के सेवा अइसन कौनों काम नइखे-
माई-बाप से बढ़के कौनों धाम नइखे-
जियत देवता घर में छोड़के तीरथ धाम भटकेला-
माई-बाप के भूल के काहें अन्धकार में अटकेला-
लूटल पूज्य क माला लागत काम नइखे-
माई-बाप से बढ़के कौनों धाम नइखे-
माई समझा धरती मइया बाबूजी आसमान-
जबले जिन्दा दुनों एगो सुरुज एगो चाँन-
अइसन काशी-प्रयाग गंगाधाम नइखे-
माई-बाप से बढ़के कौनों धाम नइखे....
Posted on: Feb 08, 2016. Tags: SONG SUNIL KUMAR VICTIMS REGISTER
गांव-जवार में खेलली-कुदली, हो गइली हम सयान हो....भोजपुरी गीत
मालीघाट, मुजफ्फरपुर, बिहार से सुनील कुमार एक भोजपुरी गीत प्रस्तुत कर रहे हैं, गीत में बेटा माँ से अपने शादी की विनती कर रहा है:
गांव-जवार में खेलली-कुदली, हो गइली हम सयान हो-
मइया तोहरा दे का कहू, हो गइली हम सयान हो-
बचपन बीतल खेल-कूद छूटल-
जिन्दगी भर तोहार लइके रहू-
करिया से सफ़ेद होला हमार बलवा-
कबले रहब हम कुआंर हो-
गांव-जवार में खेलली-कुदली, हो गइली हम सयान हो-
बहुत भइल अब सहल ना जाला-
आपन दरदिया केहू से कहल ना जाला-
21 बरिष बा सरकारी नियमवां-
लोगवा करेला सवाल हो-
गांव-जवार में खेलली-कुदली, हो गइली हम सयान हो....
