गांव-जवार में खेलली-कुदली, हो गइली हम सयान हो....भोजपुरी गीत
मालीघाट, मुजफ्फरपुर, बिहार से सुनील कुमार एक भोजपुरी गीत प्रस्तुत कर रहे हैं, गीत में बेटा माँ से अपने शादी की विनती कर रहा है:
गांव-जवार में खेलली-कुदली, हो गइली हम सयान हो-
मइया तोहरा दे का कहू, हो गइली हम सयान हो-
बचपन बीतल खेल-कूद छूटल-
जिन्दगी भर तोहार लइके रहू-
करिया से सफ़ेद होला हमार बलवा-
कबले रहब हम कुआंर हो-
गांव-जवार में खेलली-कुदली, हो गइली हम सयान हो-
बहुत भइल अब सहल ना जाला-
आपन दरदिया केहू से कहल ना जाला-
21 बरिष बा सरकारी नियमवां-
लोगवा करेला सवाल हो-
गांव-जवार में खेलली-कुदली, हो गइली हम सयान हो....
