दुनों के सेवा अइसन कौनों काम नइखे...भोजपुरी गीत
मालीघाट, मुजफ्फरपुर, बिहार से सुनील कुमार माता-पिता के महत्व के विषय में एक गीत प्रस्तुत कर रहे हैं:
दुनों के सेवा अइसन कौनों काम नइखे-
माई-बाप से बढ़के कौनों धाम नइखे-
जियत देवता घर में छोड़के तीरथ धाम भटकेला-
माई-बाप के भूल के काहें अन्धकार में अटकेला-
लूटल पूज्य क माला लागत काम नइखे-
माई-बाप से बढ़के कौनों धाम नइखे-
माई समझा धरती मइया बाबूजी आसमान-
जबले जिन्दा दुनों एगो सुरुज एगो चाँन-
अइसन काशी-प्रयाग गंगाधाम नइखे-
माई-बाप से बढ़के कौनों धाम नइखे....
