जुग जुग जियसु ललनवा, भवनवा के भाग जागल हो...सोहर गीत-
मालीघाट, मुजफ्फरपुर (बिहार) से तनवी रमन एक सोहर गीत सुना रही हैं:
जुग जुग जियसु ललनवा, भवनवा के भाग जागल हो-
ललना लाल होइहे, कुलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो-
आज के दिनवा सुहावन, रतिया लुभावन हो-
ललना दिदिया के होरिला जनमले, होरिलवा बडा सुन्दर हो-
नकिया त हवे जैसे बाबुजी के,अंखिया ह माई के हो-
ललन मुहवा ह चनवा सुरुजवा त सगरो अन्जोर भइले हो-
सासु सुहागिन बड भागिन, अन धन लुटावेली हो-
ललना दुअरा पे बाजेला बधइया, अन्गनवा उठे सोहर हो...