टूटेही पलनिया अनार भइले सजना...भोजपुरी गीत
मुजफ्फरपुर (बिहार) से अशोक शर्मा ब्यास एक लोक गीत सुना रहे हैं :
टूटेही पलनिया अनार भईले सजना-
ललक किरिनिया उधार लेले अईहा-
गमछी मा बांधी के बहार लेले अईहा-
मर गईले बकरी बिसूकि गईले गईया-
कहिया से डीठीया गरा लेबा कसईया-
कुकुर दुवरवा के बनला बहेनवा-
आईहा ता एकरो जोगार लेले आईहा...