भोजपुरी को संविधान की आठवीं सूची में शामिल करवाने 21 फरवरी संसद मार्ग दिल्ली में धरना...
भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के बैनर तले राष्ट्र स्तर पर चलावाल जा रहल भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन के तहत आगामी 21 फरवरी 2018, दिन बुधवार के आठवाँ विशाल धरना प्रदर्शन के आयोजन दिल्ली के संसद मार्ग पर कइल गइल बा। भोजपुरी के संस्था, भोजपुरी प्रेमी, साहित्यकार,पत्रकार, समाजसेवी, गायक कलाकार, कलाकार,रंगकर्मी, राजनेता, भोजपुरी से जुड़ल सभे लोगन से एह धरना प्रदर्शन में अबकी शामिल होखे खातिर अपील कइले बाड़न एह धरना में छत्तीसगढ़, उत्तरप्रदेश, चम्पारण, मध्यप्रदेश, बिहार, झारखंड, के अलावा मुम्बई, कोलकाता,असम आ देश के कई भोजपुरी क्षेत्र से भोजपुरी भाषा भाषी व प्रतिनिधि शामिल होइहे। सुनील कुमार@9308571702