सुनो हो बाबू सुनो हो भईया सुना हो बहिनिया...स्तुति गीत
ग्राम-जामपानी,पोस्ट-लिलासी,तहसील-दुद्धी,जिला-सोनभद्र (उ.प्र.) से रामजीत भारती पिता परमेश्वर के ऊपर आधारित एक स्तुति गीत सुना रहे हैं :
सुनो हो बाबू सुनो हो भईया-
सुना हो बहिनिया,सुना हो बहिनिया-
छह दिन में परमेश्वर बनवले हवें दुनिया-
धरती आकाश को उहे बनौव् लन-
पेड़ पौधा फल फूल सब उहे बनौउलन-
धरती से उ अलग बनौउलन-
समुन्द्र के पानिया,समुन्द्र के पानिया`
छह दिन में परमेश्वर बनवले हवें दुनिया-
सुनो हो बाबू सुनो हो भईया-
मिटटी से रच के आदम बनौले-
आदम के पसली से हौउआ बनौले –
बटका में उ रख दिहले करेके बगवनिया-
छह दिन में परमेश्वर बनवलेहवें दुनिया-
सुनो हो बाबू सुनो हो भईया-
छह दिन में इन सब ला बनाके कहलन की अच्छा होवे-
एकरा के ओ आशीष दिहले अउ कहले की अच्छा होवे-
छह दिन में परमेश्वर बनवउले हवें दुनिया-
सुनो हो बाबू सुनो हो भईया...