देसवा डूबल जा है अफसर के घूसखोरी से...
देसवा डूबल जा है अफसर के घूसखोरी से,
मंत्री के गठजोड़ी से नाऽऽऽ
कि मास्टर लड़का ना पढ़ावे, हर माह वेतन उठावे।-2
कि लड़का पास करेलाऽऽऽ
कि लड़का पास करेला परीक्षा में चोरी से।
मंत्री के गठजोड़ी से नाऽऽऽ
डीलर राशन ना देवेला, हरदम आपन काम करेला।-2
जनता जब अनाज माँगेलाऽऽऽ
जनता जब अनाज माँगेला दिखावे बोरा झाड़ी के।
मंत्री के गठजोड़ी से नाऽऽऽ
कि देसवा डूबल जा हैऽऽऽ
कि देसवा डूबल जा है अफसर के घूसखोरी से,
मंत्री के गठजोड़ी से नाऽऽऽ
बिचौलिया काम ना करेला, पैसा पॉकेट में भरेला।-2
हरदम सैर करेलाऽऽऽ
हरदम सैर करेला बोलेरो-सफारी से।
मंत्री के गठजोड़ी से नाऽऽऽ
कि देसवा डूबल जा हैऽऽऽ
कि देसवा डूबल जा है अफसर के घूसखोरी से,
मंत्री के गठजोड़ी से नाऽऽऽ
राजेश मुंडा