पंचायत चुनाव के बज गइल बिगुल...चुनाव गीत
सुनील कुमार ग्राम-मालीघाट, मुजफ्फरपुर (बिहार)से महिला सशक्तिकरण पर एक चुनावी गीत सुना रहे हैं :
पंचायत चुनाव के बज गइल बिगुल-
आजा सजन परदेशी काहे लागी-
ए सईयां बनब प्रत्याशी काहे लागी-
पंचायत चुनाव के बज गइल बिगुल-
काहे लागी...
सुशासन के सरकार मिले महिला के आरक्षण-
गावं जवार से हमहूँ लिहल बारी प्रशिक्षण-
बनब हमहूँ मुखिया प्रत्याशी-
काहे लागी...
सरपंच पद में नामांकन कराइब-
जीते हारे के न पछताईब-
लोग के हम जगाईब और बनब हम प्रत्याशी-
काहे लागी...
