होली खेलें रघुबीरा जनकपुर होली खेलें रघुबीरा....होली गीत
मालीघाट, मुजफ्फरपुर, बिहार से सुनील कुमार एक होली गीत प्रस्तुत कर रहे हैं:
होली खेलें रघुबीरा जनकपुर होली खेलें रघुबीरा-
केकर हाथ कनक पिचकारी केकर हाथ अबीरा-
जनकपुर होली खेलें रघुबीरा-
राम के हाथ कनक पिचकारी सीता के हाथ अबीरा-
जनकपुर होली खेलें रघुबीरा-
केकर भीगे है लहंगा-चुनरी केकर भीगे शरीरा-
जनकपुर होली खेलें रघुबीरा-
सीताजी के भीगे लहंगा-चुनरी राम के भीगे शरीरा-
जनकपुर होली खेलें रघुबीरा......
