शिक्षा के ले ला मशाल हो, चमकी तोहरी झोपड़िया..शिक्षा गीत
मालीघाट, जिला-मुजफ्फरपुर, बिहार से सुनील कुमार भोजपुरी में शिक्षा पर आधारित एक गीत प्रस्तुत कर रहे हैं:
शिक्षा के ले ला मशाल हो, चमकी तोहरी झोपड़िया-
ठगिहें ना कोई दलाल हो, चमकी तोहरी झोपड़िया-
कौने कारण से तोहार इज्जत ना होला-
हित-पाहून हँसे, हँसेला टोला-
हँसेला तोहार ससुराल हो चमकी तोहरी झोपड़िया-
बीच सभा में तू बोल नहीं पावेला-
चिठिया पढावे खातिर एन्ने-वेन्ने घुमेला-
कइसन पड़ल पिचकार हो, चमके तोहरी झोपड़िया-
शिक्षा के ले ला मशाल हो, चमकी तोहरी झोपड़िया...
