भवरवा के तोहरा संग जाई, के तोहरा संग जाई...भोजपुरी गीत-
ग्राम-बटई, पोस्ट-रेवटी, जिला-सूरजपुर विकासखण्ड-प्रतापपुर (छत्तीसगढ़) से दुर्गेश पटेल भोजपुरी भाषा में एक लोकगीत सुना रहे हैं :
भवरवा के तोहरा संग जाई, के तोहरा संग जाई-
जाई के बेरिया केहू ना जाने, आई के बेरिया सब केहू जाने-
दुवारा पे बाजे ला बधाई, के तोहरा संग जाई-
हंस अकेला उडी जाई भवरवा, के तोहरा संग जाई-
भवरवा के तोहरा संग जाई...
