चुवत अन्हरवे अँजोर हो रामा चइत महिनवा...चइता गीत
मालीघाट मुजफ्फरपुर (बिहार) से सुनील कुमार एक चइता गीत सुना रहे हैं :
चुवत अन्हरवे अँजोर हो रामा चइत महिनवा-
अमवा मउरि गइलें नेहिया बउरि गइलें-
देहियाँ टूटेला पोरे पोर हो रामा चइत महिनवा-
उड़ि उड़ि मनवा छुवेला आसमनवा
बन्हल पिरितिया के डोर हो रामा चइत महिनवा-
अँखिया न खर खाले निंदिया उचटि जाले
बगिया भइल लरकोर हो रामा चइत महिनवा...

