मन भावे मैया के चुनरिया गोटे दार, सैयां ले ले अइहा...देवी गीत
ग्राम-भवानीपुर, पोस्ट-तातापानी, थाना-रामानुजगंज, जिला-बलरामपुर (छत्तीसगढ़) से
बी.एस.कुमार बबलू सिंह एक गीत सुना रहे हैं :
मन भावे मैया के चुनरिया गोटे दार सैयां ले ले अइहा-
जाता रे आरा के बाजार सैयां ले ले आइहा-
गाईके गोबरा ले आइहा गंगा जलवा हो-
संग में चढ़ाई खातिर सुन्दर सुन्दर फलवा हो-
बेली,चमेली और अड़हुल के हार सैयां ले ले आइहा-
जाता रे बक्सर के बाजार सैयां ले ले आइहा...