मन भावे मैया के चुनरिया गोटे दार, सैयां ले ले अइहा...देवी गीत
ग्राम-भवानीपुर, पोस्ट-तातापानी, थाना-रामानुजगंज, जिला-बलरामपुर (छत्तीसगढ़) से
बी.एस.कुमार बबलू सिंह एक गीत सुना रहे हैं :
मन भावे मैया के चुनरिया गोटे दार सैयां ले ले अइहा-
जाता रे आरा के बाजार सैयां ले ले आइहा-
गाईके गोबरा ले आइहा गंगा जलवा हो-
संग में चढ़ाई खातिर सुन्दर सुन्दर फलवा हो-
बेली,चमेली और अड़हुल के हार सैयां ले ले आइहा-
जाता रे बक्सर के बाजार सैयां ले ले आइहा...
Posted on: Aug 13, 2017. Tags: BS BABLU SINGH SONG VICTIMS REGISTER
आ गईले दशमी के दिन : भक्ति गीत...
ग्राम-भवानीपुर जिला-बलरामपुर छत्तीसगढ़ से डी एस बबलू सिंह जी एक देवी भक्ति विदाई गीत सुना रहे है :
आई गईले दसमी के दिन-
त माई जाली गंगा तीरे माई जाली गंगा तीरे-
सेवका के मुखवा म लीन-
त मन नाही धीरज धरे अंखिया से लोरा गिरे-
आई गईले दसमी के दिन-
त माई जाली गंगा तीरे माई जाली गंगा तीरे-
ह्रदया कठोर करके मूर्ति उठायिके-
चला दिहिले माई के सेवका कन्धा प बैठाके-
सिसकी सिसकी बिदाई करे आइहो जल्दी बेटा घरे...
Posted on: Feb 02, 2017. Tags: D S BABLU SINGH SONG VICTIMS REGISTER
नजर ना केकरो लग जाई हमरो ई देशवा में....भोजपुरी में देशभक्ति गीत
ग्राम-भवानीपुर, पोस्ट-तातापानी, जिला-बलरामपुर, छत्तीसगढ़ से डी. एस. कुमार बब्लू सिंह भोजपुरी भाषा में एक देशभक्ति गीत प्रस्तुत कर रहे हैं:
नजर ना केकरो लग जाई हमरो ई देशवा में-
एकता में रहल करा भाई भारत के देशवा में-
देश के धरती देश के माटी देखिके मन हर्षेला-
देखि के हरी भेरी सगरो दुनिया तरसेला-
आँख लगा दी कौनों मुदइया हमनी के देशवा में-
एकता में रहल करा भाई भारत के देशवा में....