ऐ सनम भूला ना जईह, ससुराल में तू जाके...भोजपुरी विरह गीत
अनिकेत पासवान किलकारी बाल केन्द्र राजकीय मध्य विद्यालय रोहुआ, मुजफ्फरपुर (बिहार) से एक भोजपुरी विरह गीत गा रहे हैं :
ऐ सनम भूला ना जईह, ससुराल में तू जाके-
हमरा के गम सतईह, पियवा के प्यार पाके-
ऐ सनम...
जब गांव में तोहरा आईब, न देख के शरमईह-
कवनो लईका के भेजा के, अपना दुअरा पर बुलईह –
हो हो हो...
चेहरा अपन दिखईह, घूँघटा तनी हटा के-
ऐ सनम...
सोचले रहीले सपना, भईल नहीं ऊ पूरा-
अपना प्यार के कहानी, रह गईल आधा अधूरा
हो हो हो...
हमरे से प्यार करिह, एगो अगिला जन्म पाके-
ऐ सनम भुला....