निमिया के डाढ़ी मईया डालेली असनवा की झुमी झुमी न...भोजपुरी देवी गीत
अनीता कुमारी भोजपुरी भाषा में एक देवी गीत सुना रही हैं:
निमिया के डाढ़ी मईया डालेली असनवा की झुमी झुमी न-
मइया झुलेली झुलनवा की झुमी झुमी ना-
सातो रे बहिनिया के भैरो हवे भईया-
आदि शक्ति देवी के अनेक बाटे नईया-
जेकरा सहारा नइखे राखेली शरनवां की झुमी झुमी ना-
कामरुप कमख्याय कलकत्ता वाली काली-
मइहर में शारदा विन्धयाचल विन्धवाली-
कश्मीर में वैष्णो देवी जानेली जहनवाँ की झुमी झुमी ना-
भक्त करे दर्शनवा की झुमी झुमी ना...