पाक के इरादा नापाक हो गइल : भोजपुरी कविता
अमिर हमजा मुजफ्फरपुर बिहार से भोजपुरी मे देशभक्ति कविता सुना रहे है :
पाक तोहार नापाक इरादा कबो कामयाब ना हो पाई-
कतनो तू भेजब आतंकवादी सब के सब मारल जाई-
ई देश ह हिन्दू मुस्लिम सिख ईसाई के-
ई देश ना ह तोहरा जइसन कसाई के-
हर शहीदन के कसम हम खा के कहिले-
अभी कइले बानी दोस्ती एहि से सहिले-
बिगड़ी मिज़ाज जहिया हम तोहके बता देहब-
बनके कहर टुटब तोहर हस्ती मिटा देहब-
एक एक खून के कतरा के कीमत चुकावे पड़ी-
ए पाक तोहके हिन्द के आगे आपन सिर झुकावे पड़ी – गर बा तोहरा में हिम्मत त फूँक बिगुल लड़ाई के-
क्षण भर में मिटा देहब तोहरा संगे तोहरा परछाई के-
दोस्ती के आड़ में कर मत गद्दारी-
हमहूँ निभवले बानी त तुहु निभाव यारी-
जय हिन्द जय भारत...